अपराध के खबरें

भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता आ आठवीं अनुसूची में शामिल करावे के माँग का साथे "भोजपुरी जन जागरण अभियान" के तत्वावधान में राष्ट्र स्तर पर चलावल जा रहल भोजपुरी भाषा मान्यता आंदोलन जारी छै

राजेश कुमार वर्मा/नागेंद्र सिंह


दिल्ली (मिथिला हिन्दी न्यूज) । भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता आ आठवीं अनुसूची में शामिल करावे के माँग का साथे "भोजपुरी जन जागरण अभियान" के तत्वावधान में राष्ट्र स्तर पर चलावल जा रहल भोजपुरी भाषा मान्यता आंदोलन के तहत आज 14 जुलाई 2019, के दिल्ली के जंतर मंतर पर विशाल धरना प्रदर्शन सफलतापूर्वक सम्पन्न भइल।धरना के नेतृत्व भोजपुरी जन जागरण अभियान के राष्ट्रीय अध्यक्ष संतोष पटेल जी कइनी।
बतावत चलीं कि "भोजपुरी जन जागरण अभियान" भोजपुरी के भरतीय संविधान में शामिल करावे खातिर लगातार प्रयासरत बा।भोजपुरी भाषा समस्त विश्व मे सोलह देशन में करीब 25 करोड़ लोगन द्वारा बोलल जाये वाली भाषा बिया। भोजपुरी जन जागरण अभियान आंदोलन के साथे साथ एकर साहित्य आ संस्कृति के भी सहेजे के काम कर रहल बा। भोजपुरी भाषा के साहित्य आ संस्कृति बहुते समृद्ध बा।एकरा मान्यता मिल गइला से ई आउर भी समृद्ध हो जाई जब एकरा पूरा अधिकार मिल जाई, एकर उचित सम्मान मिल जाई। बाकिर अबहि ले संविधान के आठवीं अनुसूची में शामिल नइखे कइल गइल ।एकरे के लेके लगातार धरना कइल जा रहल बा। अबकी पूरा उम्मीद कइल जा रहल बा कि सरकार भोजपुरी के आठवीं अनुसूची में जगहा देदी।
17वां लोकसभा के दौरान संसद में भी भोजपुरी के आठवीं अनुसूची में शामिल करे वाला आवाज बुलंद हो रहल बा।नवनिर्वाचित भोजपुरिया सांसद लोग भी एह में जोरदार तरीका से लागल बा। 12 जुलाई,2019 के गोरखपुर के माननीय सांसद रविकिशन जी आ सारण के माननीय सांसद राजीव प्रताप रूढ़ी जी ई दूनो लोग आपन निजी विधेयक 2019 संसद में पेश कइल लोग जवना में भारतीय संविधान के नाया संशोधन के बात कइल गइल बा।नाया संशोधन भइला से पूरा उम्मीद बा कि अबकी भोजपुरी संविधान में आ जाई।
आज के एह धरना के अध्यक्षता जे. एन. यू. के प्रो. राजेश पासवान करत रहले । ओहिजे धरना के संबोधित करे वालन में आरा से चल के आइल भरत सिंह भारती,वरिष्ठ रंगकर्मी महेन्द्र प्रसाद सिंह,भाई बी के सिंह पटेल,सतेंद्र पी एस,धनंजय कुमार सिंह,वीणा वादिनी चौबे,शोभा शर्मा,लाल बिहारी लाल,धर्मेंद्र चौहान,नागेन्द्र सिंह,नवल किशोर निशांत, राकेश कुशवाहा,मनोज कुमार सिंह, प्रो० चन्द्रदेव यादव,जूली रानी,परमेन्द्र सिंह,संजय ऋतुराज, देवेंद्र कुमार,प्रवीण सिंह,रमेन्द्र कुमार,अजीत सिंह,सरिता साज,जैनेन्द्र दोस्त, ओमप्रकाश अमृतांशु, डॉ० मनोज कुमार,राकेश कुमार सिंह के अलावा देशभर से आइल लोग शामिल होके सरकार तक बात पहुँचावल।
धरना के सफल संचालन अभियान के महासचिव आ अभिनेता अभिषेक भोजपुरिया द्वारा कइल गइल।
एह धरना के बाद भोजपुरी जन जागरण अभियान के प्रतिनिधियन द्वारा प्रधानमंत्री,गृहमंत्री आ राष्ट्रपति के भोजपुरी के संविधान में शामिल करावे संबंधी ज्ञापन आ मांग पत्र सौपल जाई।ई सभक बात नागेंद्र कुमार सिंह (जदयू दिल्ली प्रदेश जदयू तकनीकी प्रकोष्ठ) के अध्यक्ष दूरसंचार माध्यम से प्रेस क पठलतिन ।

إرسال تعليق

0 تعليقات
* Please Don't Spam Here. All the Comments are Reviewed by Admin.

live